Tuesday, March 6, 2012

HAPPY_HOLI_JOGIRA_POST







रॉकस्टार त रॉकिंग रहे

बाकिर क्लाइमेक्स बिगाड़ देलस बात

कांचा के आगे विजय लगलस

दीन अउर अनाथ

फिर पान सिंह अइसन दउड़ लगवले


सीखा दीहले सब केहू के

एक्टिंग के नया पाठ

सा रा रा रा…रा रा रा…जोगीरा सा रा रा रा…

हैप्पी होली
------------------------




























युवराज के मिजाज बिगड़ल

माही के घटल वाहवाही

टीम इंडिया आपस में झगड़ल

गहराए लागल हार के परछाहीं

तब विराट के झांXYZ सुलगल


बन गइले ओह लंका ढाही

सा रा रा रा…रा रा रा…जोगीरा सा रा रा रा…

हैप्पी होली...
--------------------------




















पेपर छापलस, चैनल कहलस

अउर कहलस एक्जिट पोल

यूपी में हंग असेम्बली आई

नया सरकार में होई ढेरे झोल

बाकी पब्लिक अइसन वोटिंग कइलस


सबहे साबित हो गइले बकलोल…

सा रा रा रा…रा रा रा…जोगीरा सा रा रा रा…

हैप्पी होली...













No comments:

Post a Comment